अब जल्दिये भोजपुरियो में सस्पेंस फिलिम देखे के मिली। 'गंगा मइया तोहे पियरी चढ़इबो' (1961) के बाद जवने फिलिम बनल ऊ लगभग पारिवारिक फिल्म बनल। अब डाइरेक्टर अनिल उपाध्याय भोजपुरी में पहिलका सस्पेंस फिलिम बानावे जा तारे। फिलिम के नाम बा 'मेहदी राचाइबि तोहरे नाम के'। [फोटो : एनडीटीवी.कॉम]
एनडीटीवी के मुताबिक, "गांव के माहौल में बनि रहल ए फिलिम में एगो लइका आ लइकी के बिआह तय क दिया ता बाकिर बाद में लइकवे के माई-बाबू रिस्ता तूरि दे तारे। एहि के ताना बाना ले के काहानी तेयार कइल गइल बा।"
ए फिलिम में सुशील सिंह पवन सिंह, ब्रजेश त्रिपाठी, मिस पटना रहि चुकल रूबी सिंह आ कल्पना शाह काम करता लोग। फिलिम बानावे के काम पूरा हो गइल बा... आ उमीद बा कि एहि महीना के 22 तारीख तक इ फिलिम रिलीज भी हो जाई।
No comments:
Post a Comment