Loading...

अब इग्नू सुरू भइल भोजपुरी के फाउंडेशन कोर्स

भोजपुरी के पाढ़ाई अब युनिवर्सियो में होखे लागल। इंदिरा गांधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यालय में भोजपुरी में फाउंडेशन पाठ्यक्रम सुरू हो गइल बा। भोजपुरी खातिर इ बड़ी नीक खबर बा।
ए पाठ्यक्रम के सुरुआत लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार कइली हा। ए मोका पर जब मीरा कुमार खुदो भोजपुरिये में बोलली त सभे के नीक लागल। मीरा कुमार के राइ रहल की भोजपुरी अब सिर्फ यूपीए बिहार में बलकी दुनिया भरि में बोलल जा ता।  विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. वी एन राजशेखरन पिल्लई कहलन कि तीन महीना के भीतर भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति के पढ़ाई लिखाई खातिर अलग से सेंटर बानावल जाई। अतने ना ऊ कहलन की भोजपुरी में एगो सर्टिफिकेट कोर्स भी जल्दिये सुरू कईल जाई।

एसी के सफर वाया तिहाड़

लइका के भागे लरकोरी जिये...अब इहे होखे जाता...तिहाड़ जेल में रहे वालन के अब एसी कोच में आवे जाए के मिली...अगर ओकनी के कहीं सुनवाई खातिर जेल से ले जाइल जाई त ऊ अब स्लीपर के जागाहा प एसी कोच में जइहें... लेकिन अइसन बात नइखे कि उनुका लोग के इ सुबिधा कहीं से बख्सीस में मिली...असल में दिल्ली पुलिस के जवन जवान अइसन कैदियन के ले आवेले आ ले जाले ओ लोग के अब एसी के सुबिधा मिलि रहल बा...लेकिन कैदियन के चलते सबसे स्लीपर में जाए के पड़ेला...जब ई बात उठल त भोइल कि कैदियन खातिर जवान काहें सुबिधा से दूरि रहिहें...अब ए मामला में सरकार के आदेस के इंतजार बा...

चिट्ठी मिलल